[go: nahoru, domu]

Jump to content

दूध

विकिपीडिया से
SM7Bot (बातचीत | योगदान) (→‎संदर्भ: श्रेणी सुधार) के द्वारा 20:16, 7 जून 2023 के बदलाव
(अंतर) ← पुरान बदलाव | हाल के संसोधन (अंतर) | नया बदलाव → (अंतर)
गिलास में रखल गाय के दूध।

दूध उज्जर रंग के तरल पदारथ हवे जे स्तनधारी (मैमल) जानवरन के स्तन ग्रंथि से निकले ला। मुख्य रूप से ई मादा स्तनधारी जीव के बच्चा पैदा होखे के बाद कुछ समय खातिर स्तन ग्रंथि द्वारा पैदा कइल जाला आ छोट बच्चा सुरुआत में एही पर निरभर रहे ला। दूध पियावे वाला काल में, एकदम से सुरुआती दौर में जवन दूध होला ओकरा के बकेना के दूध कहल जाला आ एह में कोलोस्ट्रम नाँव के पदार्थ होला जे नया पैदा भइल शिशु खाती कई तरह से फायदेमंद होला काहें से कि एह में महतारी के शरीर से आइल एंटीबाडी सभ सामिल होखे लें जे बेमारी से लड़े में मददगार होलें।