[go: nahoru, domu]

Jump to content

कोइरी

विकिपीडिया से

कोइरी एगो हिंदू जाति हवे जे भारत में बिहार, उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश आ कुछ अन्य राज्य आ नेपाल में निवास करे ले। ई जाति के काफी लोग मॉरिशस में गिरमिटिया बनके गइल रहने। कोइरी लोगन के जातीय पेशा तरकारी के खेती होला। लगभग सभ कोइरी हिंदू धर्म के मानने अउर हिंदी, भोजपुरीअवधी बोलने। भारत के आजादी के बाद से ई समाज सामाजिक आ राजनीतिक तौर प बहुत तरक्की कइले। मॉरीशस देस के राष्ट्रपिता आ पहिलका प्रधानमंत्री शिवसागर रामगुलाम कोइरी समाज से रहने।